ज्योतिका प्रसाद
“डूबत सूरुज के प्रणाम, उगत सूरुज के सम्मान,
एहसे बढ़के का होई, छठी मइया के महापर्व के पहचान।”
छठ के दिन नियराये लागल बा अऊर मन में आस भरे लागल। अँगना में गीत गूँजता अऊर माई के आस भरे लागलबा। लोक संस्कृति और महापर्व के शुरुवात पहला दिन नहाय खाय से शुरू होखेला। जेकरा में बरती लउका भात खा के व्रत ठानेली अपना मन में अपना परिवार खातिर मनसा भर के छठी मैया के स्वागत अपना घर के बेटी लेखा करेली। दूसरा दिन खरना के दिन में माई माटी के चूल्हा पर आम के शुद्ध लकड़ी पे खरना के खीर अउर खीर चीनी के न होके गुड़ के खीर बनेला और नेउज के रोटी बना के माई केला के पत्ता पे छठ मईया के नेवता देके तीन दिन के उपास के आगाज करेली। तीसरा दिन संध्या अर्ग के बेर सूर्य अस्त से पश्चिम के ओर डूबत आदित देव के अर्ग देके संध्या अर्ग और कोशी से आँगन के अपना गुरलजार कर के रौशनी से भर देली की घर के लइका सभे खुश रहस लोग छठी मैया घर परिवार लइकन पर आपन महिमा बनवले रहस।चउथा दिन उषा अर्ग के दिन पानी में खड़ा होके सब बरती तिवैया आशा लगा के पुरबे के ओर दिनानाथ के गुहार लगावेली। अपना अचरा में अपना मनसा के रख के अँगना के सुख संपन्नता और समृद्धि भरे के गुहार लगावेली। चार दिन के महान पर्व एगो खाली आस्था के पर्व ना ह बल्कि ई ऊ महापर्व ह जवना में कुल परिवार,कुल परिवार, कुल सम्बंधी, कुल पड़ोसी के एक अँगना में एक परिवार लेखा जोड़ देवेला।छठ हमनी के लोकआस्था, लोकसंस्कृति आ प्रकृति-प्रेम के अनुपम पर्व ह। ई पर्व मुख्य रूप से बिहार, झारखंड आ पूर्वांचल में मनावल जाला, बाकि आज एकर महिमा देश के सीमा लाँघ के पूरा विश्व में फैल गइल बा। एह तरह छठ अब क्षेत्रीय पर्व से विश्वपर्व के रूप ले रहल बा।छठ के पर्व भगवान सूर्य आ छठी मइया के आराधना खातिर समर्पित बा। ई चार दिन ले चले वाला कठिन साधना आ श्रद्धा के महापर्व ह।एह पर्व के सबसे बड़ विशेषता एकर सादगी, पवित्रता, अनुशासन आ समानता ह। एहमें जाति-पाति, ऊँच-नीच आ भेदभाव के कवनो जगह नइखे। सभे लोग मिल-जुल के घाट सजावेला आ लोकगीत गावत छठी मइया के आराधना करेला।आज भारत के कोना-कोना के साथे-साथे मॉरीशस, नेपाल, अमेरिका, ब्रिटेन आ अउरी कई देसन में रहत भोजपुरीभाषी आ भारतीय समुदाय के लोग पूरा श्रद्धा से छठ मनावता।
छठ खाली एगो धार्मिक अनुष्ठान नइखे, बलुक प्रकृति के सम्मान, सामाजिक एकता, पारिवारिक मंगल आ सांस्कृतिक अस्मिता के प्रतीक ह। सचमुच, छठ के महापर्व आज विश्वपर्व बनके भारतीय संस्कृति के गौरव बढ़ावत बा। छठी मैया आपन कृपा सब परिवार अपना देश विदेश सब प बनिले रही और ऐसे ही भारत आ भारत के संस्कृति के बोल-बाला चहकत रहे।
जय छठी मैया!




